लक्ष्मण रेखा के डबिंग करत में रो पड़ली गुंजन पन्त
-

कलाकार बहुते भावुक होलें आ हर लमहा के ऊ अपने से जोड़ के देखेलें. कबो कबो त खुशी से ओह लोग के आँख भर आवेला. अइसने भइल स्टार नायिका गुंजन पन्त संगे, जब ऊ अपना फिलिम ’लक्षमण रेखा’ क डबिंग करत घरी रो पड़ली. काहें कि एकरा शूटिंग के दौरान उनुका कबो ना लागल रहुवे कि फिलिम अतना बढ़िया बन जाई. खूबसूरत गीत-संगीत से सजल एह फिलिम में गुंजन पन्त एगो नॉन ग्लैमरस किरदार कइले बाड़ी.

एह बारे में गुंजन पन्त के कहना बा कि कवनो जरूरी नइखे कि हिरोईन हमेशा ग्लैमरसे लउके. हर किरदार में अपना के ढाल लिहले असल अदाकारी होला. कहतारी कि सत्ता आ राजनीति पर बनल ई फिलिम लोग के बहुते नीक लागी.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts