शो रील क डबिंग करा हैदर काज़मी बजा दिहलें ‘बिगुल’
-

रंगबाज हैदर काजमी के फिलिम होखे आ रूटीन भोजपुरी फिलिमन जइसन काम, भला ई कइसे हो सकेला! अब ख़बर बा कि हैदर काज़मी अभिनीत फिल्म ‘बिगुल’ के शो रील के डबिंग करावल गइल बा. अबहीं ले बड़का से बड़को निर्माता फिलिम के शूटिंग, डबिंग के बाद मिक्सिंग करा के शो रील बनवावत रहलें. बाकिर ‘बिगुल’ के शो रील के बाकायदा डबिंग करावल गइल जवना खातिर मुंबई के ऑडियो लैब में निर्देशक रविकांत खुद हैदर काज़मी, अक्षरा सिंह, आ जितेन्द्र यादव समेत सगरी टीम के बोलवलें आ फेर ‘बिगुल’ के शो रील के डबिंग करावल गइल. आ पहिला बेर शो रील के डबिंग करावत हैदर काजमी आ सगरी टीम बहुते उत्साह में रहल.

नमन फिल्म्स के ‘बिगुल’ के निर्देशक रविकांत के दावा बा कि बिगुल फिलिम के कवनो फ्रेम कवनो भाषा के दोसरा फिलिम के नकल नइखे. कहलन कि ई भोजपुरी फिलिम ना हिय बलुक एकर भाषा भोजपुरी हवे. कथा पटकथा खुद निर्देशक रविकांत लिखले बाड़न, संवाद मनोज पांडे अउर रविकांत, गीत रविकांत अउर एस. कुमार आ संगीत हवे नजाकत सुजाद के, डायरेक्टर ऑफ फोटोग्राफी रूपांग आचार्य, प्रोडक्शन डिजायनर संजय यादव, एडीटर गोपाल राधानी, नृत्य निर्देशक अशोक मयंक आ मारधाड़ निर्देशक हीरा यादव.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts