सद्भावना यात्रा पर इजरायल गइल गडकरी के स्वागत
-

Nitin Gadkari, BJP National Presidentइजरायल के सद्भावना यात्रा पर गइल भाजपा शिष्टमण्डल के ओहिजा के संसद, नेसेट, में सत्ता पक्ष आ विपक्ष दुनु ओर से भव्य स्वागत कइल गइल. भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी बाद में उपप्रधानमंत्री डैनी मेरिडोर से राजग शासित राज्यन में कृषि अनुसंधान के बढ़ावा देबे खातिर इजरायल का साथे सहयोग के कामना कइलें. कुछ दिन पहिले इजरायल में लागल एगो भयंकर आग से ४२ जने के मौत पर शिष्टमण्डल शोक जतवलसि. एह प्रतिनिधि मण्डल में वसुंधरा राजे सिंधिया आ विजय जौलिओ शामिल बाड़न.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts