सीमा सिंह समाँ बान्ह दिहली
-

आयटम क्वीन सीमा सिंह के डांस तड़का तीन गो अउरी फिलिमन में नजर आई. ई फिलिम हई सँ शमीम खान के फिल्म “नजर लागे राजा तोहरे बंगले पे”, मनोज पांडे अभिनीत “खोईंछा” आ अवनी अग्रवाल निर्देशित फिलिम “दबंग मोर बालमा”.
(8 Sept 12)
पांच सितारा होटल में भइल एगो भोजपुरिया चैनल के धमाकेदार लांचिंग पर भोजपुरी अभिनेत्री आ आईटम गर्ल सीमा सिंह अपना डांस से समारोह में अइसन समां बन्हली कि हॉल में ‘वन्स मोर-वन्स मोर’ के आवाज़ गूंजे लागल. ठेठ गंवाई अंदाज़ में भइल चैनल “अंजन टीवी” के लांचिंग पर मेहमानन के स्वागत तिलक लगाके आ ठंढई पिआ के कइल गइल. पूरा माहौल गँवई अन्दाज के रहल. आ सीमा सिंह अपना नृत्य के ठुमका लगवली त सगरी माहौल भोजपुरिया रंग में सना गइल.

एह मौका पर गायक उदित नारायण, अभिनेता विनय आनंद, पंकज केसरी, खेसारीलाल यादव, कानू मुखर्जी, संजय कोरवे, जय सिंह, अभिनेत्री अंजना सिंह, श्रद्धा शर्मा, नीतू सिंह, गुंजन पंत, अनारा गुप्ता, संगीता तिवारी, स्मृति सिन्हा, शुभी शर्मा समेत फिल्म जगत के कई नामी गिरामी लोग मौजूद रहल.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts