सुमित बाबा आ मोनालिसा के जोड़ी पहिला हाली
-

गायक से नायक बनल अभिनेता सुमित बाबा आ सेक्सी अभिनेत्री मोनालिसा के जोड़ी निर्माता रामजी सिंह के फिल्म ‘सईयां भईलन परदेशिया‘ में नजर आई. निर्देशक आ लेखक हउवें सुबोध गांधी. खास बात ई बा कि एह फिल्म में तीन गो नायिका बाड़ी, मोनालिसा, कल्पना शाह अउर प्रतिभा पांण्डेय. इहो तीनो कबो एक संगे काम नइखे कइले बाकिर तीनो अभिनेत्री सुमित बाबा के हीरोईन बनल बाड़ी. कामेडियन आनंद मोहन आ खलनायक बृजेश त्रिपाठी के अभिनय देखके दर्शक खूब ताली बजाई. एह फिल्म में अरूण कुमार सिंह आ अरूणा सिंह के किरदार लोग खाति यादगार रही. एह मसालेदार फिलिम में रोमांस, कॉमेडी आ इमोशन तीनों के तड़का एक साथ मिली.

फिल्म के कहानी आ गीत खुद निर्माता रामजी सिंह लिखले बाड़ें. निर्देशक सुबोध गांधी, संगीतकार अशोक धायक, छायाकंनकर्ता हीरा सरोज, नृत्य निर्देशक निहाल सिंह गणेश, मारधाड़ निर्देशक दर्शन सिंह, आ सह निर्माता पंकज कु. सिंह हउवें.

मुख्य कलाकारन में सुमित बाबा, कल्पना शाह, मोनालिसा, अरविन्द पोद्दार, प्रतिभा पांण्डेय, चमन गांधी, बृजेश त्रिपाठी, सुनीता बनर्जी, आनंद मोहन, अरुण कुमार सिंह, अरुणा सिंह, क्षितिज प्रकाश, कैलाश चौधरी, बबलू, शिवकुमार, शिवा, अशोक सब्बलपुरी, दिलीप सिंह, शारदा सिंह, आयी झा, विनय, विजय सम्राट, माधव सिंह, अशोक सिंह, मुकेश सिंह, लाडली सिंह, शालिनी सिंह, रवि रौशन, विवेक कुमार सिंह, अउर कोमल मिश्रा बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts