मायावती के निर्देश

मुख्यमंत्री मायावती उत्तर प्रदेश के सगरी अधिकारियन के निर्देश दिहले बाड़ी कि पिछला निरीक्षण में मिलल कमी के जल्दी से दूर कर लिहल जाव ना त अगिला निरीक्षण में कमी भेंटइला पर कड़ा कार्रवाई कइल जाई. कहले बाड़ी कि जमीन विवादन के निबटारा मौके पर कर दिहल जाव आ कानून व्यवस्था बिगड़े मत दिहल जाव. कहले बाड़ी कि अधिकारियन के ई तय कर लेबे के चाहीं कि धरना प्रदर्शन का चलते कवनो सरकारी संपत्ति के नुकसान मत होखे आ कानून व्यवस्था जिन बिगड़े.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।