अन्ना हजारे के मिलल समर्थन देख सरकार हरदी गुरदी बोल दिहलसि

अन्ना के जेल से रिहा करे खातिर पुलिस रिलीज वारण्ट जेल प्रशासन के भेजलसि. आजु सबेरे बिना कवनो अपराध कइले पुलिस अन्ना आ उनुका सहयोगियन के गिरफ्तार कर त लिहलसि बाकिर ओकरा बाद उनुका समर्थन में उमड़ल देश के देख के केन्द्र सरकार घबड़ा गइल आ उनुका के रिहा करे के फैसला कइल गइल. अन्ना के तिहाड़ जेल के ओही हिस्सा में भेजल गइल जहवाँ कलमाडी बन्द बाड़े.

केन्द्र सरकार के एह फैसला से ओकर अउरी किरकिरी होखल तय बा. अगर हरदीएगुरदी बोले के रहल तर अतना ड्रामा कइला के जरुरते का रहल ? देखल जाव कि एह नया घटनाक्रम का बाद कांग्रेस के बयानबाज कवन करवट लेत बाड़े. पहिले अन्ना के भठियारा बतावल लोग. थूथू भइल त कहे लागल लोग कि अन्ना पर व्यक्तिगत हमला ना होई. फेर सोचल लोग कि होत सबेरे अन्ना आ उनुका सहयोगियन के गिरफ्तार कर लिहल जाव त बिना संगठन, बिना पार्टी पउवा वाला ई आन्दोलन टाँय टाँय फिस्स हो जाई.

बाकिर गिरफ्तारी का बाद जवन भइल तवना से सरकार के हवा सूख गइल आ ऊ हरदी गुरदी बोले खातिर मजबूर हो गइल.

सरकार के चाल रहे कि अन्ना से पर्सनल बाण्ड भरवा लिहल जाव, फेर जब ना मनलन त जेल भेज दिहल गइल बाकिर अन्ना जमानत लेबे से साफ इन्कार कर दिहले आ सरकार का लगे कवनो दोसरा राह ना लउकल काहे कि पूरा देश, विदेशी नेतृत्व के चारणन के छोड़, अन्ना का साथ अपना के जोड़ के देखा दिहलसि कि अन्ना के आँधी अतना आसानी से काबू ना कइल जा सके. सरकार के भठियरपन का खिलाफ कुछ ना कुछ अइसन जरूरे करे के पड़ी जेहसे लोग के लागो कि सरकार भ्रष्टाचार मेटावे खातिर गंभीर बिया.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।