आमिर खान के राहे राजीव दिनकर

अभिनेता राजीव दिनकर एह घरी आमिर खान का नक्शे क़दम पर चलत आपन बॉडी बनावत बाड़ें. राजीव दिनकर अइसन करत बाड़न फिल्म ‘मोर्चाबन्दी’ ला जवना में उनुकर जबरदस्त एक्शन बावे. शूटिंग सुल्तानपुर में भइल जहवाँ एगो राईस मिल में उनुका पर खतरनाक फायर स्टंट फिल्मावल गइल जवना बाद खुशी से राईस मिल के मालिक नवीन कुमार सिंह राजीव दिनकर के गले लगा लिहलन. राजीव दिनकरो के कहना बा कि अतना खतरनाक एक्शन ऊ एहसे पहिले नइखन कइलें.

रौनक क्रियेशन अउर सिल्वर स्क्रीन क्रियेशन के बैनर में ‘मोर्चाबन्दी’ के निर्माता हई गीता श्रीवास्तव. कहानी, गीत, संगीत अउर निर्देशन सगरी डा॰ संजय श्रीवास्तव के बा. कलाकारन में राजीव दिनकर, मनोज टाईगर, श्री कनकनी, प्रीती आ रंजीव वर्मा के मुख्य भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।