आमी घाट पर दू गो लड़िका डूबलें

बुध का दिने दिघवारा का लगे आमी के मशहूर अंबिका मंदिर पर पूजा करे आइल वैशाली जिला के फतेहपुर निवासी सुरेश सिंह के लड़िका आनंद कुमार गंगा नदी में नहाए उतर गइल आ पँवड़ के नदी पार करे लागल. ओकरा साथे ओकर साथी बिदुपुर के अविनाश आ गौतमो रहलें. गौतम घाट पर बइठल एह लोग के कपड़ा देखत रहुवे आ आनंद आ अविनाश पँवड़े में लागल रहुवे. एक तरफ से सही सलामत जा के लवटत घरी दुनु जने के साँस उखड़े लागल. हल्ला कइला पर कुछ लोग नाव लेके नदी बीच चहुँपल बाकिर तबले आनंद डूब चुकल रहुवे आ अविनाशो ढेर पानी पी लिहले रहलन. आनंद के लाश निकलल आ अविनाश के इलाज चलत रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..