आसनसोल के हालात के आकलन करे जाई भाजपा के समिति


नयी दिल्ली 30 मार्च. भारतीय जनता पार्टी के एगो टीम पश्चिम बंगाल के आसनसोल में हाल में भइल फिरकावाराना हिंसा का बाद के हालात के आकलन करी आ ओकर रिपोर्ट अपना गोल के दी.
भाजपा अध्यक्ष अमित शाह के बनावल एह समिति में पार्टी उपाध्यक्ष आ सांसद ओम माथुर, प्रवक्ता सैयद शाहनवाज हुसैन, सांसद रुपा गांगुली. अउर सांसद बी डी राम शामिल बाड़ें. समिति आपन रिपोर्ट आके अमित शाह के सउँपी.
अमित शाह आसनसोल में भइल बवालन के दर्दनाक आ दुर्भाग्यपूर्ण बतवले बाड़न.
जान जाईं कि आसनसोल में रामनवमी के शोभायात्रा पर पथराव भइल रहुवे आ ओकरा बाद से ओहिजा चुन चुन के हिन्दुवन का साथे हिंसा हो रहल बा आ लोग आपन घर बार छोड़ि के भागल शुरू कर दिहले बा कश्मीर के पंडित परिवारन जइसन.
केन्द्रीय मंत्री बाबूल सुप्रियो ओहिजा जा के लोग से मिले के कोशिश कइलन त पुलिस जाए ना दिहलसि. जबकि सुप्रियो एहिजे के सांसद हउवें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।