इंदू सोनाली गवली अमिताभ बच्चन का साथे डुएट
-

आजु का समय में सिनेमा भोजपुरी में सबले बेसी गाना गावे वाली गायिका इन्दू सोनाली पिछला दिने अमिताभ बच्चन का साथे एगो डुएट गवली. दीपक सावंत के फिल्म “गंगा देवी” खातिर मधुकर आनंद के संगीत पर ई गाना गा के इन्दु रोमांचित बाड़ी. कहतारी कि कबो सोचलहु ना रहीं कि अमिताभ जी का साथे गावे के मौका मिली. वइसे त बहुते लोग का साथे गा चुकल बानी बाकिर अमिताभ जी का साथे गा के जवन खुशी मिलल तवन कबो ना मिलल रहे आ शायद मिलबो ना करी.

बिहार के रहे वाली इन्दु सोनाली भोजपुरी फिल्म जगत में विनय बिहारी के प्रोत्साहन पर अइली. एहिजा आ के इंदु सोनाली के हर संगीतकार से मदद मिलल आ ओ सभका संगीत पर गा चुकल बाड़ी. आजु बनत हर भोजपुरी फिलिम में इंदु के गावल दू चार गो गाना जरूरे रहेला.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts