इमरान लिहलें पाकिस्तान के वजीरे-आजम पद के किरिया

इस्लामाबाद 18 अगस्त (वार्ता). पाकिस्तान के नया चुनाइल प्रधानमंत्री इमरान खान के आजु शनिचर का दिने ओहिजा के 22वां वजीरे-आजम पद के किरिया धरावल गइल.

सदरे पाकिस्तान ममनून हुसैन ऐवान-ए-सदर (प्रेसीडेंट हाउस) में बोलावल गइल एगो सादा समारोह में इमरान खान के वजीरे-आजम पद के किरिया धरवलन.

एह किरियाधराई समारोह में कार्यवाहक प्रधानमंत्री नसीरूल हक, राष्ट्रीय संसद के अध्यक्ष असद कैसर, थलसेना अध्यक्ष जनरल कयूमर हावेद बाजवा, एयरचीफ मार्शल मुजाहिद अनवर खान अउर नौसेना अध्यक्ष एडमिरल जफर अब्बसी मौजूद रहलें.

एह लोग का अलावा पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (पीटीआई) के सिनियर नेतन सहित कांग्रेसी नेता आ पंजाब में मंत्री नवजोत सिंह सिद्धू , क्रिकेटर से कमेंटर बनल रमीज रजा, क्रिकेट हस्ती वसीम अकरम, पाकिस्तानी पंजाब विधानसभा के नयका अध्यक्ष चौधरी परवेज इलाही, गायक सलमान अहमद आ अबरारुल हक अउर अभिनेता जावेद शेख शामिल भइलें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..