इमर्जिंग टीम अंडर २३ फाइनल में भारत पाकिस्तान के हरवलसि

अतवार का दिन सिंगापुर में खेलल गइल एशियाई क्रिकेट परिषद के इमर्जिग टीम अडर २३ कप के फाइनल में भारत के टीम पाकिस्तान के नौ विकेट से हरा दिहलसि. एह जीत में लोकेश राहुल आ मनप्रीत जुनेजा के पचासा के बड़हन योगदान रहल त भारतीय गेंदबाजन के अनुशासित गेंदबाजीओ के महत्व रहल जे पाकिस्तान के १५९ रन में आउट कर दिहलसि. पाकिस्तान के टीम टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला लिहले रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..