एजबेस्टन टेस्ट : बिना विकेट गंववले 84 रन बनाके इंग्लैंड मजबूत स्थिति में

बर्मिघम, 10 अगस्त (आईएएनएस)। भारत आ इंग्लैंड के तिसरका टेस्ट मैच में बुध का दिने भारतीय टीम के पहली पारी में 224 रन का जबाब में बल्लेबाजी करे उतरल इंग्लैंड के टीम बिना कवनो नुकसान के 84 रन बना के आपन स्थिति मजबूत कर लिहले बिया.
इंग्लैंड के सलामी बल्लेबाज एंड्रयू स्ट्रॉस 83 गेंद पर 10 चौका का मदद से 52 रन बनाके आ एलस्टर कुक 67 गेंद पर तीन चौके का मदद से 27 रन बनाके नाबाद लवटले.
एहसे पहिले बल्लेबाजी करे उतरल भारतीय टीम के पारी एक समय लड़खड़ा गइल रहे बाकिर आखिर में ऊ 224 रन के सम्मान बचावे लायक स्कोर बना लिहलसि.
ढेर दिन बाद कप्तान महेंद्र सिंह धौनी के बल्ला चलल आ आठवां विकेट खातिर आइल पुछल्ला बल्लेबाज प्रवीण कुमार उनका साथे 84 रन के साझेदारी कइलन. अघर ई ना भइल रहीत त भारतीय टीम के पहिला में डेढ़ो सौ रन बनावल मुश्किल हो गइल रहे.
भारतीय टीम एक समय महज 111 रन पर मास्टर ब्लास्टर सचिन तेंदुलकर, मिस्टर भरोसेमंद राहुल द्रविड़, वेरी वेरी स्पेशल वी. वी. एस. लक्ष्मण आ मुल्तान के सुल्तान वीरेंद्र सहवाग समेत सात गो अहम खिलाड़ियन के विकेट गंवा चुकल रहे. इंग्लैंड के पेस तिकड़ी स्टुअर्ट ब्रॉड, जेम्स एंडरसन अउर टिम ब्रेस्नन का सोझा भारतीय बल्लेबाजी फेरु नतमस्तक लउकल.
बाद में महज सात विकेट पर 111 रन का आगा खेलत धौनी आ प्रवीण कुमार का बीचे आठवां विकेट खातिर भइल 84 रन के अहम साझेदारी स्कोर 224 रन ले चहुँपा दिहलसि. धौनी 96 गेंद पर 10 चौका आ तीन छक्का लगा के 77 रन के कप्तानी पारी खेललम त प्रवीण कुमार 26 रन के अहम योगदान दिहले.
एकरा अलावे गौतम गम्भीर 38 आ वी.वी.एस. लक्ष्मण 30 रन बनवले. बाकी बल्लेबाज कुछ खास ना कर पवले. शृंखला में पहिला बेर खेलत वीरेंद्र सहवाग के त खातो ना खुलल.
इंग्लैंड का ओर से स्टुअर्ट ब्रॉड आ टिम ब्रेसनन चार-चार विकेट लिहले, दू गो विकेट जेम्स एंडरसन का खाता में गइल.
प्रवीण जब बल्लेबाजी करे अइलन त भारत महज 111 रन पर आपन सात गो विकेट गंवा दिहले रहल. प्रवीण के आउट होखत कुल योग 195 रन हो चुकल रहे. प्रवीण 39 गेंदों पर चार गो चौका आ एगो छक्का लगवले. उनुका से मिलल सहयोगे का चलते कप्तान धौनी 52 गेंद पर आपन अर्धशतक पूरा कर पवले.भोजन काल का बेरा ले भारत 75 रन पर चार विकेट गँवा चुकल रहे. भोजनकाल से चायकाल का बीच प्रवीण सहित फेर तीन गो विकेट गिरल .
पहिला दू टेस्ट हार चुकल भारत एजबेस्टन मैदान पर पांच गो टेस्ट मैच खेलले बा आ कवनो में ओकरा जीत ना मिलल रहे. अबकियो उहे लागत बा.


(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।