’कलकतिया भौजी’ में नज़र अइहें अनुराग वर्धन

BipinBihari_AnuragVardhanराजस्थान भिलवाड़ा किशनगज के रहे वाला अभिनेता अनुराग वर्धन जय माँ रानी सती प्रोडक्शन का बैनर में बनत शशिधर सिंह के फिलिम ’कलकतिया भौजी’ में मुख्य किरदार में पहिला बेर आवत बाड़ें. अनुराग वर्धन अबहीं ले नाहियों त तीन सौ से अधिका कार्यक्रम के एंकरिंग कर चुकल बाड़ें आ अपना अभिनय के बल पर मनोरंजन का दुनिया में आपन एगो अलगे पहिचान बना लिहले बाड़न. एह फिलिम से अनुराग वर्धन पहिला बेर बड़का परदा पर अपना अभिनय क कमाल देखावत नजर अइहें.

एह फिलिम के आजुकाल्हु पोस्ट प्रोडक्शन के काम कोलकाता में चलत बा. फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.

निर्माता अनिकेत अग्रवाल, अनिमेश जायसवाल, गीतकार मुन्ना दुबे, अशोक सिंह, अउर सुरेद्र भारती, संगीतकार अशोक सिंह प्रधान, आ छायांकन करे वाला समीर हउवें.

मूख्य कलाकारन में अनुराग वर्धन, मीरा मुर्ती, बिजली रानी, निशा सिंह, अशोक सिंह, पारो रानी, प्रतिभा सिंह, इन्द्राणी सिंह, आ अली खान बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..