कांग्रेसी बापन के मजबूरी

बेटियन संगे दुराचार आ कत्ल के घटना त आए दिन पढ़े-सुने के मिलल करेला. कुछ बाप एह तरह के घटना का खिलाफ हर कानूनी आ कई बेर गैरकानूनिओ तरीका से एकरा खिलाफ लड़ाई लड़ेलें. बाकिर कुछ कांग्रेसी बाप कांग्रेसी पहिले होखेलें, बाप बाद में.

बाकिर पता ना संघियन के कवन बेमारी घेरले रहेला कि ऊ अइसनो बापन के लड़ाई लड़े के कोशिश करत रहेलें. हाल के घटना कांग्रेसी सरकार वाला कर्नाटक के हवे. एह घटना में एगो कांग्रेसी नेता के बेटी के मुसलमान आशिक 30 सेकण्ड में 14 हाली छूरा भोंक भोंक के मार डललसि. लड़की के नाम नेहा आ आशिक के नाम फैयाज बतावल जात बा. फैयाज के मजहब त ओकरा नामे से पता चल जाता बाकिर लड़की नेहा के मजहब से बड़का बात बा कि ऊ एगो कांग्रेसी बाप के बेटी रहुवे.

एह चलते आशिक के प्यार परवान चढ़ावे से मना कइला का खीस में अगर आशिक ओह माशूका के कत्ल कर देव त एकरा के लव जिहाद बतावल गलत मानल जाई. एह घटना में फैयाज के महतारी के कहना बा कि दुनू एक दोसरा से मुहब्बत में रहलें. आ एहमें जेहाद वाला कवनो एंगल ना रहुवे.

कर्नाटक सरकार के कहना बा कि ई वारदात आपसी रंजिश में भइल. जबकि संघी खुराफातियन के कहना बा कि ई साफ-साफ लव जिहाद के केस बा. नेहा के बापो पहिले कहले रहलन कि एकरा के लव जिहाद ना कहाई त का कहाई. बाकिर बाद में ऊ कांग्रेस सरकार से माफी मांग लिहलन कि ऊ अनेरे सरकार का खिलाफ बोल गइलें.

एगो भोजपुरी कहाउत ह कि दू बेकत राजी त जे बीच में बोले ऊ पाजी. बाकिर संघी खुराफाती मानत नइखन आ जगहे-जगह विरोध ज्रदर्शन करत बाड़न.

अइसने एगो घटना के अफवाह कई बरीस पहिले उड़ावल गइल रहुवे कि एगो कांग्रेसी के जवान बेटी अपना नेता से भेंट करे चहुँप गइल त युवा नेता आ उनुकर संगी साथी मिल के ओकरा के भरपूर प्यार कइलन. बाद में ओह लड़की के परिवार पता ना कहाँ चल गइल. लड़की के बयान वीडियो पर दर्ज करे वाला कैमरामैनो के पता ना चलल. समाजवादी विधायक किसोर समृते के प्रयास से मामिला अदालत ले चहुँपल. पुलिस जाँच का बाद कहाइल कि अइसन कवनो वारदात भइबे ना कइल. अदालत केस करे वाला पर पचास लाख के जुर्माना लगा दिहलसि. ओकरा बाद मामिला सुप्रीमो कोर्ट चहुँपल. ओहिजो इहे न्याय भइल कि सगरी बात झूठ हवे. बस अतने दया कइल गइल कि जुर्माना घटा दीहल गइल. मामिला के जाँच करेवाला पुलिस अधिकारिओ के इनाम दीहल गइल.

अगर पूरा जानकारी लेबे के होखे त opindia.com पर जाके पढ़ सकीलें. कुछ बहादुर मीडिया के लिंक हटा लीहल गइल बा. शायद अदालती आदेश होखे.

माफी मांग लिहला का बावजूद नेहा के बाप अबहियों गोहार करत बाड़न अपना काग्रेसी सरकार से –

0 Comments