किराना दुकानदार के हत्या

मंगल के देर रात बलिया जिला के नगरा इलाका मे बिहराहरपुर चट्टी पर किराना दुकान चलावे वाला दुकानदार के हत्या क दिहले स चोर. बतावल जात बा कि बगल के सर्राफा दुकान मे चोरी के कोशिश करत चोरन के टोकलन त उ इनके के ध ले गइलन स आ कुछ दूर ले जा के इनकर हत्या क दिहलन स. दुकानदार के चीख सुन के बगल के एगो आदमी अउरी लोग के बिटोरलन त चोर अपना साईकिल से भाग गइलन स. पुलिस एह घटना के सहजे नइखे लेत. ओकरा लागत बा कि चोरी त बहाना रहल असल मकसद शायद एह दुकानदार के हत्ये कइल रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..