किशोर कुमार के राहे चललें संजय श्रीवास्तव
-

हिंदी सिनेमन में किशोर कुमार अइसन अभिनेता रहलें जे गायक, निर्माता, निर्देशक, गीतकार, आ इहाँ ले कि संगीतकारो रहलें. अब एही राह पर चल दिहले बाड़न लेखक निर्देशक डा. संजय श्रीवास्तव. अपना फिल्म ‘मोर्चाबंदी’ के निर्माता, निर्देशक, गीतकार, संगीतकार आ लेखक सभे खुद डा. संजय श्रीवास्तव बाड़ें. जबरदस्त एक्शन, कॉमेडी अउर रोमांच से भरल एह फिल्म से संजय श्रीवास्तव बहुते उत्साह में बाड़ें.

संजय के कहना बा कि किशोर कुमार उनुकर प्रेरणा स्रोत हउवें आ उनुके से प्रेरित होके एतना सब कुछ कइलन संजय श्रीवास्तव. एह फिल्म के एगो चुनौतीवाला किरदार में संजय श्रीवास्तव नजर जरूर अइहें बाकिर मुख्य कलाकार राजीव दिनकर आ मनोज टाईगर बाड़ें. साथ में श्री कनकनी, प्रीती आ रंजीव वर्मा बाड़ें. एकर शूटिंग सुल्तानपुर में कइल गइल. रौनक क्रियेशन आ सिल्वर स्क्रीन क्रियेशन के बैनर तले बनत एह फिल्म के निर्माता हई गीता श्रीवास्तव.

एह फिल्म ‘मोर्चाबन्दी’ में राजीव दिनकर कमाल के स्टंट कइले बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts