कैमूर क कुदरा में एगो बूढ़िया ट्रक से कचराइल

कैमूर जिला के कुदरा में पीएचसी का लगे जीटी रोड क्रासिंग पर एगो ट्रक एगो बूढ़िया के कचारत भाग गइल. एह में एगो अउर आदमीओ घवाहिल भइल जवना के इलाज खातिर वाराणसी भेज दिहल गइल बा. दुनु जने लालापुर के बतावल जात बाड़ें.
एगो दोसरा दुर्घटना में कर्मनाशा बाजार का लगे एगो बोलेरो से कचरा के साठ साल के एगो बूढ़ के मौत हो गइल. छावों गाँव के शिवगोविंद राम अपना मेहरारू का संगे कर्मनाशा बाजार गइल रहलें आ ओहिजा से लवटत घरी ई दुर्घटना भइल. शिवगोंविद के मौत ठाँवे पर हो गइल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..