
कोरोना महामारी के पसार का बीचे पड़ल बिहार विधानसभा चुनाव 2020 के टारल ना गइल आ कुछ राजनीतिक गोल के माँग नकारत चुनाव आयोग चुनाव के तारीख के एलान कर दिहलसि. काल्हु के एलान का साथही बिहार में आचार संहिता लागू हो गइल बा.
मुख्य चुनाव आयुक्त सुनील अरोड़ा नयी दिल्ली में पत्रकारन का सोझा चुनाव तारीखन के एलान कइलें. कहलें कि बिहार विधानसभा के कुल 243 सीटन के चुनाव तीन चरण में करावल जाई. पहिला चरण के चुनाव 71 सीट ला 28 अक्टूबर का दिने, 94 सीट ला 3 नवम्बर का दिने, आ बाकी बचल 78 सीट के चुनाव 7 नवम्बर के करवावल जाई. कहलन कि कोरोना आ तेवहारन के देखत चुनाव के चरण घटावल गइल बा आ तीने डेग में एकरा के पूरा करा लीहल जाई. वोट गिनाई 10 नवम्बर के कइल जाई.
कोरोना का चलते अबकी मतदान केन्द्रन के संख्या बढ़ावल गइल बा जेहसे कि एके बूथ पर बेसी लोग के जुटे के मौका ना आवे. नक्सली इलाका छोड़ के बाकी इलाकन में साँझ छह बजे ले मतदान होखल करी.
परचा दाखिल करे के काम ऑनलाईन कइल जा सकी. जमानत राशिओ अबकी ऑनलाईन जमा होखी. बाकिर चुनाव अधिकारी का सोझा ऑनलाईन भरल परचा के छाप निकाल के जमा करे के पड़ी. परचा दाखिल करे का बेरा उमीदवार का साथे महज दू गो आदमी रह सकेला.
दुआरे दुआर घूमि के प्रचार करत बेरा उमीदवार का साथे महज पाँच आदमी रह सकी आ एहमें ओकरा सुरक्षा ला लागल सरकारी बल के लोग ना गिनाई. कम लोग लेके प्रचार पर निकलल बहुते जाना ला जीवट के काम होखी. काहे कि अनेसा बनल रही कि कहीं जनता ओकर भरपेटा स्वागत मत कर देव.
चुनावी इन्तजाम में लागल लोग ला 46 लाख मुँहजाबी, 6 लाख पीपीई किट, 6.7 लाख मुँहझपना, आ 23 लाख जोड़ा दस्ताना के व्यवस्था राखल गइल बा.
0 Comments