खबरदार! घूस दिहलऽ त शिकायत मत करीहऽ

केन्द्र सरकार कानून बनावे जात बिया जवना का बाद घूस देबहू वालन के जेल भेजल जा सकी. अबहीं ले घूस दिहल अपराध ना रहुवे, लिहले अपराध रहुवे. एह चलते लोग घूस खोर अधिकारी के शिकायत कर के रंगे हाथ पकड़वा देत रहुवे. सरकारी अधिकारियन के मनोबल पर एकर खराब असर पड़त देख सरकार कानूने बदल दी आ अब घूस देबहुवो वाला अपराधी मानल जइहें आ उनुको के सजा दिहल जाई.

एह संशोधन का बाद सरकारी अधिकारियन का खिलाफ घूस लेबे के शिकायत में एकदमे कमी हो जाई आ सरकार ढिंढोरा पीट पाई कि भठियरपन पर काबू हो गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..