खिचड़ी आ एकादशी एकही दिन पड़त बा
-

अबकी के खिचड़ी १५ जनवरी के पड़त बा आ ओह दिन पुत्रदा एकादशीओ बा. एह चलते भक्त लोग दुविधा में पड़ल बा कि ओह दिन चावल के दान कइसे करीहें. एह मामिला में ज्योतिषाचार्य लोग के सलाह बा कि श्रद्धालू दानपुण्य कर सकेले, गोरख बाबा के खिचड़ीओ चढ़ा सकेलें बाकिर विष्णु भगवान खातिर चावल के दान ना कर सकसु. ई समस्या ओह लोग खातिर बा जे एकादशी व्रत करेला. जे एकादशी व्रत ना करे ओकरा खातिर कवनो बाधा नइखे ऊ आराम से चावल, तिल वगैरह के दान कर सकेलें. हँ जे लोग एकादशी व्रत करी ऊ लोग चावल के दान ना करी. नियम बा कि एकादशी का दिने चावल ना खाइल जाला.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts