खेसारीलाल संग नजर अइहें मोनालिसा

सिनेमा भोजपुरी सिनेमा के नयका सुपरस्टार खेसारी लाल यादव आ हॉट गर्ल मोनालिसा के जोड़ी पहिला बेर ‘नागिन’ फिलिम में देखे के मिले वाला बा.

साईदीप फिल्म्स के बैनर आ निर्माता-निर्देशक राजकुमार आर० पाण्डेय के एह फिलिम में एह जोड़ी पर एक से बढ़ के एक हॉट गाना आ सीन फिलिमावल गइळ बा. निरहुआ, रवि किशन, मनोज तिवारी, पवन सिंह जइसन सितारन संग आपन जलवा देखा चुकल मोनालिसा अब खेसारीलाल संग काम करके बहुते खुश बाड़ी.

दू गो नायिका वाली ‘नागिन’ में रानी चटर्जीओ के भूमिका खास बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *