गैर..भाजपा आ गैर कांग्रेसी पार्टियन के सम्मेलन
-

नयी दिल्ली 26 अक्टूबर (वार्ता) अगिला लोकसभा चुनाव के मद्देनजर देश मे गैर.भाजपा आ गैर..कांग्रेसी गठबंधन के संभावना तलाशे आ फासीवादी ताकतन के हरावे खातिर अगिला तीस तारीख के दिल्ली में एगो फिरकापरस्त विरोधी सम्मेलन बोलावल गइल बा.

एह सम्मेलन में राजनीतिक लोग का अलावे लेखक,.कलाकार, आ बुद्धिजीविओ लोग शामिल होखी. दिल्ली के तालकटोरा स्टेडियम में होखे वाला एह सम्मेलन में तृणमूल कांग्रेस, तेलुगु देशम, राजद,आ लोजपा के लोग शामिल ना होखी. हालांकि अन्ना द्रमुक के जयललिता के नेवता भेजल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts