गोपालगंज के कुचायकोट में एगो व्यापारी के छुरा से गोद गोद के हत्या

img_20161007_152259बिहार के गोपालगंज में कुछ बदमाश कुचायकोट के नयाटोला के रहेवाला वशिस्ठ शर्मा के बेटा अभिमन्यु कुमार शर्मा के छुरा घोंप घोंप के मार दिहलें।
अभिमन्यु मोबाइल के दुकान चलावत रहल। हत्या काहे भइल से पता नइखे चलल। कुछ दिन पहिले दुकान से एगो लैपटॉप केहू चोरा लिहले रहल।
जबले घवाहिल अभिमन्यु के अस्पताल चहुँपावल लोग तबले ओकर मौत हो गइल रहुवे। पीठ पर छूरा के अनगिनत घाव देख के लागल की हत्यारा तबले ओकरा पर वार करत गइले स जबले ऊ गिर ना पड़ल।

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..