गोपालगंज में क्रिकेट के झगड़ा में एगो नवही के जान गइल
-

कुछ दिन पहिले गोपालगंज जिला के बलेसरा गाँव आ भगवान टोला गाँव का बीच भइल क्रिकेट मुकाबला में कुछ झगड़ा हो गइल. एह झगड़ा के बतावल जात बा कि बदला लेबे खातिर भगवानपुर टोला के लड़िका बलेसरा के जाकिर हुसैन के मारे के इरादा कर लिहलें. जाकिर हुसेन के बहाना से बलेसरा क्रिकेट मैदान में बोलावल गइल आ ओहिजे विकेंट से पीट पीट के ओकर जान ले लिहल गइल. एह हत्या से नाराज लोग झुंड बना के भगवानपुर टोला पर हमला करे चलल बाकिर तब ले पुलिस के पता चल गइल रहुवे आ पूरा दल बल का साथ चहुँपल पुलिस हालात के काबू मे कर लिहलसि. बलेसरा के लोग के समुझा बुझा के शान्त कइल गइल आ एगो बड़हन बवाल होखत होखत बाँच गइल. जाकिर हुसैन के बाबूजी आस हुसैन जदयू के अल्पसंख्यक प्रकोष्ठ के अध्यक्ष हउवन.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts