घुमा फिरा के हिन्दुवन के एकता तूड़े में लागल मीडिया का फेर में पड़लन मोदी
-

NaMo-NaMo
अपना देश के मीडिया हर समय एही फेर में लागल रहेले कि कसहूं हिन्दुवन के अपने में लड़वले राखल जाव जेहसे कि हिन्दू विरोधी काम बदस्तूर जारी रह सको. अबकी एह लोग के साथ खुद पीएम मोदी दे दिहलन जब ऊ कुछ नकली गऊरक्षकन का खिलाफ बयान दे दिहलन. मोदी के बयान के मीडिया एह तरह से परोसे लागल बिया जइसे ऊ सगरी गऊरक्षकन का खिलाफ एक्शन लेबे के बात कहत होखसु.

एह चलते सोशल मीडिया पर सक्रिय हिन्दूवादी मोदी से नाराज हो गइल बाड़न. एह लोग के सबले बेसी तकलीफ एह बाति ला बा कि गोवंश के हत्या करे वाला, ओकर तस्करी क के माँस के बिजनेस में लागल लोग का खिलाफ त कुछ ना बोललन मोदी बाकिर गऊरक्षकन के निन्दा जरुरे क दिहलन. हिन्दू समाज के मोदी के एह बाति के बहुते तकलीफ लागल बा. मुस्लिम वोट का चाह में हमेशा भाजपा अपने गोड़ पर कुदारी चला लेले. मुसलमानन के वोट त मिल ना पावे बाकिर बहुते हिन्दू वोट जरुरे बहक जाला.

पता ना मोदी के सोशल पेज सम्हारे वाला लोग मोदी ले हिन्दूवन के नाराजगी के जानकारी दी कि ना बाकिर अगर एकरा के सम्हारे में देरी भइल त भाजपा के बहुते नुकसान होखे वाला बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts