घूस लेत पकड़ाइल आयकर आयुक्त दयाशंकर

मुम्बई, 29 अगस्त (आईएएनएस). सीबीआई सोमार का दिने मुंबई में आयकर आयुक्त दया शंकर के अपना बांद्रा-कुर्ला काम्पलेक्स के कार्यालय में दू लाख रुपिया घूस लेत पकड़ लिहलसि.

सीबीआई के एगो अधिकारी बतवलन कि एगो कम्पनी से ओकरा मन लायक आदेश जारी करे खातिर ई घूस माँगल गइल रहे. तांबा के तार बनावे वाली एगो कंपनी के साल 2008-2009 के आयकर रिटर्न से ई मामिला जुड़ल बा. कर निर्धारण करत घरी कंपनी से अउरी कर जमा करावे के कहल गइल बाकिर कम्पनी एह आदेश के चुनौती दिहलसि आ दयाशंकर से एह मामिला में अपील कइलसि. तब दया शंकर अपीलकर्ता से ओकरा पक्ष में आदेश देबे खातिर 25 लाख रुपिया मँगलन. सौदेबाजी का बाद मामिला दू लाख रुपिया पर बन गइल. बाकिर दया शंकर चेतवलन कि अगर रुपिया ना मिलल त अउरी कर चुकावही के पड़ी. कंपनी के अधिकारी तब सीबीआई से सम्पर्क सधले आ दया शंकर के घूस लेत रंगे हाथ पकड़वा दिहले.

शंकर का खिलाफ भ्रष्टाचार निरोधक अधिनियम 1988 का तहत मामिला दर्ज कर लिहल गइल बा. गिरफ्तारी का बाद दया शंकर के दिल्ली, गाजियाबाद, लखनऊ आ पटना डेरा पर छापा डाल के तलाशी लिहल जा रहल बा.

इंडो-एशियन न्यूज सर्विस

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।