चांदनी में नज़र अइहें रानी चटर्जी

Rani-Chatterjee-greenओम सिरीज मूवी के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम ’चादनी’ के नायिका ला अभिनेत्री रानी चटर्जी के अनुबंधित कइल गइल बा. निर्माता हउवें अरुण कु. शाह जे ’जय गढी माई’ बना चुकल बाड़ें. चादनी के शूटिंग मार्च में कइल जाई. एहमें कुल 8 गो नीक गाना बाड़ी स.

रानी चटर्जी बतावत बाड़ी कि चांदनी महिला प्रधान फिलिम ह जवना के कहानी उनका मन के छू लिहलसि. कहानी सुनते रानी चटर्जी निर्माता के पहिला डेट दे दिहली.

फिल्म चांदनी के निर्देशक रतन शाह, लेखक अनिल विश्वकर्मा, गीतकार सचिदानंद कवच, मुन्ना दूबे, आ विनोद व्यास, संगीतकार गुणवंत सेन, छायाकंन करेवाला नंदू चौधरी, नृत्यगुरू कानू मुखर्जी अउर फाइट मास्टर रियाज सुलतान हउवें. मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, आजाद कुमार, अर्पिता माली, दीपक भाटिया, सपना, सी पी भट्ट, सीमा सिंह, ददन महतो, कृष्णा अउर जय सिंह के नाम बा.

रानी चटर्जी के कई गो फिलिम बन के रिलीज ला तइयारो बाड़ी स जइसे कि मेहरारु चाही मिल्की व्हाईट, जेकरा में दम बा उहे खूटा गाड़ी, शेरनी, चंडी, इंसाफ के देवी, कलयुग के भगवान, रानी बनी ज्वाला, दिल दिवाना मानेना, रानी चली ससुराल, आ साली बड़ी सतावेली.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *