चौरासी कोसी परिक्रमा रोके के कोशिश देश के हालात बिगाड़ दी

विहिप का तरफ से कहल गइल बा कि अगर साधुसंतन के अयोध्या के चौरासी कोसी परिक्रमा रोके के कोशिश भइल त फेर ओही तरह के हालात देश में बन जाई जइसन साल 1992 में बनल रहे आ एकर सगरी जबाबदेही यूपी सरकार के होखी. एह बारे में इलाहाबाद में बतावत विहिप के अशोक सिंहल कहलन कि जब मुलायम सिंह से बात भइल रहे तब एह परिक्रमा के रोके के कवनो बात ना कहल गइल बाकिर बाद में आजम खान के दबाव में मुस्लिम तुष्टिकरण खातिर सरकार ठेहुनिया गइल बिया. कहलन कि परिक्रमा रोके ला जेहादी मानसिकता काम करत बिया.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..