झाड़ू डंडा ले के अवैध शराब के धंधा के खिलाफ प्रदर्शन
दाउदपुर (सारण) दाउदपुर थाना के दुधैला गांव में बियफे का दिने अवैध शराब के धंधा पर अंकुशा लगावे के माँग ले के एहिजा के औरत सब हाथ में झाड़ू-डंडा लेके सड़क प प्रदर्शन कइली साथ में कुछ मरद आ लड़िको रहले सँ.
आरा पुल के मजदूर आत्महत्या कइलसि
डोरीगंज (सारण), छपरा-आरा पुल निर्माण में लागल एगो मजदूर बुध का रात में बिजली के तार से फांसी लगा के जान दे दिहलसि. कारण पता नइखे चलल.
मशरख में बस एगो नवही के कचरलसि
मशरख (सारण) सनकौली गांव का लगे एगो बस बियफे का दिने पैंतीस साल के एगो नवही के कचार दिहलसि. ओकर मौत ओहिजे हो गइल.
जहर देकर विवाहिता की हत्या, सास-ससुर गिरफ्तार
मढ़ौरा (सारण) लेरूआ गांव में दहेज में पचास हजार रुपिया ना मिलला से नाराज ससुराल वाला एगो कनिया के जहर देके मुआ दिहले. एह बाबत थाना में केस दर्ज करावल गइल बा.
बतावल जात बा कि तख्त सेंदुआरी के भवानी राय के बेटी के शादी लेरूआ गांव में भइल रहे आ दहेज खातिर ससुराल वाले ओकरा के तंग करत रहले.
फर्जी डीटीओ बनके वसूली करत चार जने गिरफ्तार
छपरा भगवान बाजार थाना के पुलिस बुध के देर रात श्यामचक पेट्रोल पंप का लगे फर्जी जिला परिवहन पदाधिकारी (डीटीओ) बनके ट्रक चालकन से वसूली करत चार जने के गिरफ्तार क लिहलसि.
सोनपुर के पंचायत सचिव सहित छह गिरफ्तार/strong>
दरियापुर (सारण) दरियापुर पुलिस बरीसन से फरार छह गो अभियुक्तन के गिरफ्तार क लिहले बिया. एहमें सोनपुर के पंचायत सचिवो शामिल बाड़न.
0 Comments