जदयू विधायक पर रंगदारी मांगे के अछरंग
-

IMG_20160725_163625
नचनीयन साथे नाचे ला मशहूर जदयू विधायक श्याम बहादुर सिंह पटेल पर सिवान जिला के दुगो डॉ विक्रम चौहान अउरएम डॉ नवल किशोर पाण्डेय 20 लाख रूपया के रंगदारी मांगे के आरोप लगवले बाड़े।

डॉ विक्रम चौहान के कहना बा कि बरीसन से बंद पड़ल पचरुखी चीनी मिल के जमीन ऊ नीलामी में खरीदले बाड़न बाकिर विधायक ओह जमीन पर कवनो काम नइखन करे देत आ 20 लाख रूपईया माँगत बाड़े।

विधायक के कहना बा कि ई लोग कागजात में हेराफेरी क के जमीन लिहले बा आ गाँव वालन के कहला पर ऊ एह लोग के मना करे गइल रहल

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts