जब दुर्घटना होत होत बाचल रविकिशन के

भोजपुरी अभिनेता रविकिशन ओह दिन बाल-बाल बाच गइलन, जब शूटिंग करत घरी एगो पिकप हाफ डाला अचके में उनुका सोझा आ गइल. एह घटना का बाद कुछ देर ले शूटिंग रोक दिहल गइल. बाद में रविकिशन दुबारा शूटिंग शुरू कइलन आ 150 फुट उपर से छलांग लगावे के स्टंटो कइलन.

इटौंजा इलाका में गोमती नदी के बसहरी घाट पर सोमार का दिने भोजपुरी फिल्म ‘प्रेम विद्रोही’ फिल्मावल जात रहुवे. एगो एक्शन सीन करत रविकिशन पुल पर बाइक चलावत रहलें. एही समय एगो पिकप हाफ डाला अचके में सामने आ गइल बाकिर ओकर चालक समय रहते ब्रेक लगा दिहलसि आ टक्कर होत होत बाच गइल. बाद में शूटिग थोड़ देर बाद दुबारा शुरू भइल आ रविकिशन के अलावा अभिनेत्री संगीता तिवारी आ अउरियो कलाकार एहमे शामिल भइलें.

शूटिंग देखे ला बड़हन भीड़ उमड़ पड़ल रहुवे. बढ़िया लोकेशन खोजे में यूनिट घंटो भटकल आ जब इटौंजा-माल सिवान पर बसहरी घाट पर शूटिंग शुरू भइल त कई एक एक्शन आ रोमांटिक दृश्य फिल्मावल गइल. बाद के शूटिंग अक्टूबर ले बीकेटी इलाका के चंद्रिकादेवी मंदिर परिसर के लगे, इटौंजा कस्बा में रामलीला मैदान पर, आ इटौंजा रेलवे स्टेशन समेत कई जगहा शूटिंग करावल गइल. बसहरी घाट पुल पर शूटिंग का चलते घंटनो जाम लागल रहल. आ भीड़ के काबू में राखे के कवनो सुरक्षा प्रबन्ध ना रहुवे. बेतहाशा भीड़ रविकिशन के एक झलक देखे ला बेताब रहल. कई जने त पुल का रेलिंगो पर चढ़ल रहलें.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *