जा रे झूम के बसंती बहार 

– ओ.पी .अमृतांशु

जा रे झूम के बसंती बहार 
पिया के मती मार
पिया बसेला मोर परदेसवा में .

सरसों के फुलवा फुलाईल
आमवा के दाढ़ मोजराईल ,
अंगे-अंगे मोर गदाराइल
हाय!उनुका ना मन में समाईल ,
लाली होठवा भइल टहकार
पिया के मती मार
पिया बसेला मोर परदेसवा में .

जब -जब कूहके कोयलिया 
कहीं कईसे मनवा के बतिया ,
लय के लहरिया पे नाचेला मन
रुत फुंकले बा आई के बाँसुरिया,
चूड़ी खनकेला करे हनकार
पिया के मती मार
पिया बसेला मोर परदेसवा में .

चंदा के चकोरि
जइसन तोहरो गोरी ,
छने-छने निरखेली रहिया
आवत बाटे होरी ,
बीछल अँखिया बा हमार 
पिया के मती मार
पिया बसेला मोर परदेसवा में .

दिल के डोर  थमा के 
नेह के गेठ जोडा के,
ले अइलें डोलिया में पिया
प्रीत के रीति रचा के,
सांवरिया हो गइलें साहुकार
पिया के मती मार
पिया बसेला मोर परदेसवा में .

12 Comments

  1. neha

    very beautiful song….O.P. Sir

  2. trisha

    bahut acha gaana hai opji… ab aap ek cd bana hi do aapne gaano ki

  3. parveen singh

    bahut atchacha hai opg

  4. Arti Makhija

    Very Nice OPG, U r really missing your wife….:)

  5. shaji

    पिया के मती मार
    पिया बसेला मोर परदेसवा में .

    geet bahut badhiya likhaley bara babua, padh ke ma khush ho gail, yehinga likhat raha, bahut vvgey tak jaiba,

  6. Taruna Mendiratta

    Bhagwan hamesa taraakki deye tohar!
    Brilliant job OP
    Keep it Up!

  7. Ranjit Kairos

    बसंत के आगमन से जइसे फूल खिलाखिलाला ,
    तोहर गीत पढ़ के दिल खिलाखिलाला गइल .
    रंजित कैरोस

  8. chitsa

    बसंत की बहार, गुले -गुलजार ,उसपे नवविवाहिता की मीठी पुकार .मन को रोमांचित करता आपका गीत काफी अच्छा लगा .

    धन्यवाद !
    चित्सा

  9. नीमन सिंह

    पियवा के हीयवा जुड़ा गईल .
    राउर पिरित परिपुरन बा

  10. santosh mishra

    Wah Bhayya, Ayeesan laag ta ki Sawan ke mahina me pahuch gayeeni.

    TOHAR JOD KAWANO NAYEEKHE , BE-JOD BAD HO……

  11. omprakash amritanshu

    सब केहू के बहुत -बहुत धन्यवाद.

  12. Bhola Prakash

    अब त सावन आ गइल।

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।