‘जिद्दी आशिक’ के माशूका मोनालिसा

Monalisaगरम भोजपुरिया लिट्टी मोनालिसा सुपरहिट निर्माता-निदेशक रामाकांत प्रसाद के अगिला फिलिम ‘जिद्दी आशिक’ के माशूका बनल नजर अइहें. आ ‘जिद्दी आशिक’ बाड़ें सुपरस्टार पवन सिंह.

पिछला दिने मोनालिसा एह फिलिम के शुटिंग मुम्बई के कईएक लोकेशन पर पूरा कइली. बतावल जात बा कि एह फिलिम में मोनालिसा के किरदार एगो आधुनिक बाला का भूमिका में बाड़ी. मोनालिसा एकरा पहिले रामाकांत प्रसाद के ‘‘लड़ाई ल अंखिया ए राजा’’, आ ‘‘बारूद’’ फिलिमो में रहली. मोना के कहना ह कि रामाकांत प्रसाद का साथे काम कइल नीक लागेलला.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..