जौनपुर पुलिस दस हजार के इनामी बदमाश के गिरफ्तार कइलसि


जौनपुर, 15 अप्रैल (वार्ता). जौनपुर पुलिस खुटहन इलाका से जोहात रहल एगो दस हजारी बदमाश के आजु मुठभेड़ क के गिरफ्तार कर लिहलसि.
पुलिस अधीक्षक के के चौधरी ई जानकारी देत बतवलें कि खुटहन थाना प्रभारी निरीक्षक शिव शंकर सिंह आ खेतासराय थानाध्यक्ष योगेंद्र सिंह के नेतृत्व में खुटहन चौराहा का लगे मुठभेड़ क के दस हजार के इनामी बदमाश जमालुद्दीनपुर के रहे वाला विवेक कुमार के गिरफ्तार कर लीहल गइल.
विवेक कुमार का खिलाफ खेतासराय आ खुटहन थाना में कई मुकदमा दर्ज बा आ पुलिस ओकरा पर दस हजार के इनाम घोषित क के रखले रहुवे.
विवेक के जेल भेज दीहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..