ज्वालामण्डी में खूब भींजले रवि किशन आ रानी चटर्जी

मुंबई में मानसून के जोरदार आगाज़ का बीच मालाड के मड आइलैण्ड में बनल आलीशान रिसोर्ट तुलसी विहार में भोजपुरी फिल्म ज्वालामंडी – एक प्रेम कहानी के शूटिंग चलत रहे. फिल्म के प्रचारक शशिकांत सिंह आ रंजन सिन्हा के बोलहटा पर पत्रकारन के जब ओहिजा चहुँपल त सामने बगइचे में पानी का फव्वारा का बीचे भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन आ रानी चटर्जी पर एगो गाना फिल्मावल जात रहे. एह गाना के बहुते लवीश तरीका से शूट कइल जात रहे. जिमी जिप कैमरा आ सात गो फव्वारा के इस्तेमाल होत रहे. कानू मुखर्जी पानी में भींजत रवि किशन आ रानी चटर्जी पर गाना के कोरियोग्राफी करत रहले. गाना के बोल रहे ….
‘रिमझिम बरसेला सावन के फुहार….
पिया ले ला हमरा के अपने अङ्कवार….’

एही गाना पर रवि किशन सफेद टी-शर्ट आ पैंट पहिरले आ रानी मुखर्जी नारंगी रंग के साड़ी पहिरले बहुते उत्तेजक डांस करत रही. दू रिहर्सल का बाद गाना के ई बोल शूट भइल त सभे ताली बजावल. गाना के अगिला बोल रहल ‘ले ला आगोश में ओठवा के लाली बोले’.

फुर्सत मिलल त रवि किशन पत्रकारन का सोझा एह फिल्म के जमके तारीफ करत कहले कि फिल्म के निर्देशक जगदीश शर्मा उनुकर ऑल टाईम फेवरिट निर्देशक हउवे. अपना भूमिका का बारे में रवि किशन बस अतने कहले कि हमार भूमिका लोगन के चउँकाई. रानी चटर्जी बतवली कि एह गाना का चलते सबेरही से भींजे के पड़ल बा आ अतना भींजल बानी कि डर लागत बा बेमार मत पड़ जाईं. बतवली कि उनुकर भूमिका फिल्म के प्लस प्वाइंट बा. अब भुमिका का बा एकरा खातिर त ज्वालामंडी – एक प्रेम कहानी देखे के पड़ी.

एही बीच रानी चटर्जी आ रवि किशन पत्रकारन का सामने एगो शर्त राख दिहले कि एगो कलाकार के ले आवत बानी जा जे उनुका के चिह्न जाई ओकरा के एगो स्पेशल गिफ्ट दिहल जाई. जवना महिला कलाकार के बोलावल गइल ओकरा के केहू ना चिह्नपावल त हिंट दिहल गइल कि इनका के रउरा सभे कई फिल्मन में देखले होखब. तबहियो केहू ना चिह्नल. बाद में पता चलल कि ऊ चर्चित खलनायक अवधेश मिश्रा रहले. फेर त सभे हँसे लागल. एह फिल्म में अवधेश मिश्रा वइसने भूमिका करत बाड़े जइसन ‘सड़क’ फिल्म में सदाशिव अमरापुरकर कइले रहन.

निर्देशक जगदीश शर्मा कहले कि ज्वाला मंडी समाज के एगो आईना बा जवना में साँचो लउकत बा आ झूठो. निर्माता राजू सिंह के कहना बा कि एह फिल्म खातिर ऊकतहीं कवनो समझौता नइखन कइले. फिल्म के प्रस्तुतकर्ता मधु सिंहो ‘ज्वालामंडी एक प्रेम कहानी’ के जमके तारीफ कइली. उनकर कहना रहे कि अइसन फिल्म भोजपुरी में आजु ले नइखे बनल. फिल्म में विजय आ लवी रोहतगी के किरदारो खास रही.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments