टटका खबर, मंगल १६ नवम्बर

बिहार चुनाव के आखिरी चरण में सगरी पार्टी आपन पूरा ताकत लगवली सँ
बिहार चुनाव के छठवां आ आखिरी चरण के मतदान खातिर सगरी पार्टी आपन पूरा ताकत झोंक दिहले बाड़ी सँ. कांग्रेस खातिर अबकी के चुनाव आपन हैसियत देखावे के मौका बा त लालू पासवान खातिर अस्तित्व के सवाल बा. जदयू भाजपा गठबन्हन अपना जीत खातिर निश्चिन्त बा. अब परिणाम का होई से त २६ तारीख के सामने आईये जाई. चुनाव में गपोर शंखी त चलबे करेला. अब ओकर एगो शानदार नमूना देखीं. कांग्रेस पार्टी कहत बिया कि ऊ दू तिहाई बहुमत का ओर बढ़ रहल बिया बाकिर ओकर महासचिव बी के हरि प्रसाद इहो कह दिहलन कि अग पूर्ण बहुमत ना मिलल त पार्टी विपक्ष में बइठी.

गोपालगंज में सड़क दुर्घटना में सात लोग के जान गइल
गोपालगंज के बरौली थाना का बरेया मोड़ का लगे एगो डम्फर सवारी जीप पर पलट गइल जवना से सात लोग के जान चलि गइल आ पाँच जने अउर घवाहिल हो गइलें. एगो दोसरा सड़क दुर्घटना में पश्चिमी चंपारण के वाल्मीकि थाना का इलाका में एगो बस आ मोटरसाइकिल का बीच टक्कर हो गइल जवना से मोटरसाइकिल पर सवार तीन जने के मौत हो गइल. बक्सर जिला में एगो बस पलटि गइल जवना से दू आदमी जगहे पर मर गइलें आ दू दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. छपरा जिलाके दाउदपुर में बेलदारी का लगे एगो सड़क दुर्घटना में मोटर साइकिल सवार ओहिजे मर गइल.

कुर्बानी के पर्व बकरीद बुध का दिने
हर जगहा संवेदनशील जगहन पर शांति व्यवस्था बनवले राखे के खास कोशिश कइल जा रहल बा. बिहार में दू सौ से बेसी जगहन पर सशस्त्र बल भेजल गइल बा. ओह दिन नमाजियन के कवनो दिक्कत ना होखे एकरो खातिर प्रशासन चाक चौबन्द बा.

सँझिया के चले वाल कोर्ट से वकील लोग अलगा रही
यूपी में कुछ दिन से वकील लोग के आन्दोलन चल रहल बा. अब बिहारो में वकील लोग आन्दोलन करे का तइयारी में बा. एह लोग के शिकायत बा कि साँझ खा कोर्ट चलवला से ओह लोग के मुवक्किलन के दिक्कत होखी जे दूर दराज से आवेलें. ई केहू सलाह नइखे देत साँझ वाला कोर्ट में उहे मुकदमा लिहल जाव जवन अगल बगल के लोग के बा. वकील लोग कबो ना चाहे कि मुकदमा के फैसला जल्दी हो जाव काहे कि एहसे कानून के सही ढंग से परिभाषित करे के समय ना मिली.

यूपी का जिला पंचायत अध्यक्ष उपाध्यक्ष चुनाव में सपा पार्टी का आधार पर लड़ी
हालही में भइल पंचायती चुनाव में सपा समर्थकन के बड़हन जीत के दावा करत सपा नेता शिवपाल सिंह कहले बाड़न कि उनुकर पार्टी जिला पंचायत अध्यक्ष आ उपाध्यक्ष चुनाव में आपन उम्मीदवार खड़ा करी. बसपा एह चुनाव से अपना पार्टी के अलगा रखले बिया, बाकिर बसपाई अपना दम पर लड़े के आजाद रहलें आ बाड़े.

मंगल पाण्डेय का स्मृति में बलिया महोत्सव शुरु
सरकार के संस्कृति मंत्रालय बलिया में मंगल पाण्डेय का जन्म दिन पर बलिया महोत्सव मना रहल बा. कार्यक्रम दु दिन ले चली जवना में कई गो सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन होखी.

इंसेफलाइटिस से पाँच सौ के करीब मौत
पूर्वांचल में इंसफेलाइटिस भा दिमागी बुखार से अबले चार सौ चौरानबे लोग के मौत हो गइल बा. अबहियो करीब दू सौ मरीज इलाज खातिर अस्पतालन में भरती बाड़न. पता ना सरकारी स्वास्थ्य विभाग पाँच सौ के रिकार्ड बनवला का बाद कवनो जश्न मनाई कि ना !

सोनभद्र में डाला बाजार का लगे सड़क दुर्घटना में सात लोग के जान जाये के खबर
सोनभद्र में डाला बाजार का लगे कोयला लदल एगो ट्रक के पलटला से ओह पर सवार सात गो मजदूरन के मौत हो गइल बा आ करीब डेढ़ दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा.

राष्ट्रमंडल खेल आयोजन समिति के दू गो पदाधिकारी गिरफ्तार
राष्ट्रमंडल खेल आयोजन समिति में सुरेश कलमाडी के नजदीकी दू गो पदाधिकारी, टी एस दरबारी आ संजय महेन्द्रू के बेटन रिले में घोटाला के आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

रतन टाटा कहलें कि एगो मंत्री के घूस ना दिहला का चलते टाटा के एयर लाइन ना शुरु हो सकल
उत्तराखंड में एगो कार्यक्रम में शामिल होखे गइल रतन टाटा एगो सवाल का जवाब में कहलें कि साल १९९५ से तीन बेर ऊ तीन गो प्रधानमंत्रियन का कार्यकाल में सिंगापुर एयरलाइन्स का साथ संयुक्त उपक्रम शुरु करे के कोशिश कइलें बाकिर हर बेर उनका से घूस माँगल गइल. एगो मंत्री सी एम इब्राहिम का विरोध का चलते सफल ना हो सकलें. बाद में एगो उद्योगपति कहलें कि आपलोग गजब के बेवकूफ हैं. मंत्री को पंद्रह करोड़ चाहिये थे और आपको दे देना चाहिये था.

0 Comments