टटका खबर, मंगल, २० जुलाई

राहुल गाँधी के मिशन यूपी प्रभारी गायब बाड़े

राहुल गाँधी के मिशन यूपी के प्रभारी आ गुजरात के पूर्व मंत्री हँसमुख पटेल के बेटा निशान्त पटेल हरदोई का अपना होटल से रहस्यमय रुप से गायब हो गइल बाड़न. उनका के खोजे के काम में लागल पुलिस आ कांग्रेसी कार्यकर्ता लोग के कवनो सफलता नइखे मिलल. निशान्त अपना होटल का कमरा में आपन सगरी सामान आ मोबाइल छोड़ के गइल बाड़े. कहल जा सकेला कि ऊ थोड़ देर खातिर कतहीं निकलल होखीहें आ ओकरा बाद कुछ अघटित घट गइल होखी. भा अपना मर्जी से ऊ कतहीं होखिहन जहाँ के सुराग ऊ ना लागे दिहल चाहत होखीहें. उनका के आखिरी बेर होटल का बाहर भोर में पाँच बजे कवनो रिक्शावाला से बतियावत देखल गइल रहुवे.

बाभली बराज देखे का जिद्द में नायडू जमानत नइखन लेत

शनिचरे का दिन से न्यायायिक हिरासत में रोक के राखल गइल चन्द्रबाबू नायडू आ उनका साथ के तेदेपा नेता काल्हुओ जमानत लेबे से इन्कार कइले जवना का बाद उनकर हिरासत के अवधि बढ़ा के २६ जुलाई ले कर दिहल गइल बा. चन्द्रबाबू के कहनाम बा कि ई तेलुगुआत्मगौरव के सवाल बा आ ऊ एकरा खातिर जानो दे सकेले बाकिर बिना बभली बराज देखले ना जइहन. नायडू के यात्रा से अतना त होइये गइल कि बभली बराज के विवाद सामने चरचा में आ गइल बा. आंध्र आ महाराष्ट्र दुनु के मुख्यमंत्री नायडू से निहोरा कइले बाड़े कि ऊ लवटि जासु. देखल जाव कि केन्द्र एह मामिला में का करत बा.

सीबीएसई अब सिनेमा बनावे के तरीका पढ़ाई

लड़िका लड़िकी अब स्कूले से हीरो हीरोइन बने लगीहें जब स्कूल में फिल्म बनावे के पाठ्यक्रम होखे लागल बा. फिल्म बनी त ओहमें नायक नायिका खलनायक सभे होखीहें. सीबीएसई सुभाष घई के कंपनी से करार कर के ओकर बनावल फिल्म मेकिंग कोर्स अपना १९ गो स्कूलन में पढ़ावल शुरु कर दिहले बा. धीरे धीरे कुछ दोसरो स्कूल ई कोर्स शूरु करीहें. कोर्स में फिल्म, टीवी, प्रिन्ट मीडिया, रेडियो, आ इन्टरनेट का बारे में जानकारी दिहल जाई. जियोस्पेचियल कोर्सो १४ गो स्कूल में पढ़ावे के शूरुआत भइल बा. ई दुनु विषय वैकल्पिक भा अकादमिक पाठ्यक्रम का रुप में लिहल जा सकेला.

अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय से एगो छात्र के निकालल गइल

आदिल हुसेन के अपराध ई रहे कि ऊ अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय प्रशासन के मनमानी के विरोध में आवाज उठावत रहुवे. परिसर में क्लोज सर्किट टीवी के विरोध करत रहुवे. कुलपति परिसर में कुल ७० गो कैमरा लगववले बाड़े जवना से रातो में देखल जा सकेला. चौबीसो घंटा सातो दिन निगरानी में रहे का खिलाफ छात्रन में सुगबुगाहट शुरु बा. बाकिर बिलाई का गरदन में घंटी के बान्हो? मास कम्यूनिकेशन के छात्र आदिल हुसैन आवाज उठवले त ओकर परिणाम सबका सोझा बा. आदिल के भर जिनिगी खातिर निकाल दिहल गइल बा. एगो अउरी छात्र अफताक अहमद के एगो वृत चित्र बनावे के आरोप में दू साल खातिर निकालल गइल बा.

बिहार सरकार कोर्ट से राहत के अपील कइलसि

बिहार का कोषागारन से ११४१२ करोड़ के अनियमित निकासी के सीबीआई से जाँच करवावे का आदेश का खिलाफ बिहार सरकार स्थगन आदेश लेबे खातिर याचिका दायर कइले बिया. एहमें कहल गइल बा कि लेखा नियन्त्रक के रिपोर्ट पर अबही विधानसभा में विचार सल रहल बा. एह बीचे कवनो तीसरा पक्ष एकर जाँच करो ऊ विधि संगत ना होखी. कोर्ट अबही एह याचिका पर कवनो आदेश नइखे दिहले.

बिजली चोरावे वाली फैक्टरी से बसपा सांसद के संबंध

यूपी के उर्जा मंत्री रामवीर उपाध्याय पिछला १९ मार्च के मुजफ्फरनगर के एगो स्टील फैक्टरी पर छापा मरले रहले जवना में बिजली चोरी के सुबूत मिलल रहे. बाद में अधिकारी ओह मामिला के दबा दिहले. मुख्यमंत्री कार्यालय के कहनाम बा कि ओ ह फैक्टरी से कवनो बसपा सांसद के संबंध नइखे जबकि ओही कंपनी का वेबसाइट पर पाँच गो डायरेक्टरन में बसपा सांसद कादिर राणा के नाम फोटो समेत दिहल गइल बा. सरकारी रिकार्ड में खाली जाकिर राणा के नाम मालिक का रुप में दर्ज बा. अब के सही बा के गलत एकर फैसला कइसे होखी?

सड़क हादसा में ११ के मौत

इलाहाबाद बनारस मार्ग पर भदोही से कड़ाधाम जात एगो टाटा सूमो के टक्कर सामने से आवत एगो ट्रक से हो गइल जवना में सूमो पर सवार ११ लोग के मौत हो गइल आ दस जने गम्हीराहे घवाहिल हो गइले. मरे वालन में तीन गो मासूम बच्चो बाड़े सँ. ओहमें तीन साल के उहो लडिका बा जवना के मुंडन करावे नगरदा गाँव के लालचंद निषाद धाम जात रहले. एह दुर्घटना में दू गो परिवार पूरा तरह से उजड़ गइल बा. टक्कर अतना जोरदार रहे कि सूमो ट्रक में धँस गइल रहे आ ओकरा के काट के निकाले के पड़ल.

संसद के मानसून सत्र का पहिले भाजपा के मनावे के कोशिश

कांग्रेसी नेता प्रणव मुखर्जी काल्हु भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी से सलाह मशविरा कइलन कि भाजपा जीएसटी लागू करे में सहायता करे. भाजपा शासित राज्य जीएसटी लागू करे का पक्ष में आ जासु त सरकार के अगिला लेखा साल से एकरा के लागू करावे में सहूलियत हो जाई. एकरा अलावे दुनु तरफ से संसद के सही आ सुचारु तरीका से चलावहू पर राय विचार भइल. परिणाम का निकलल से कुछ मालूम नइखे. सेशन शुरु भइला पर सब कुछ सामने आइये जाई. ऐ सूरदास घीव पड़ल? कड़कड़ाव तब नू जानी.

पेट्रोल पंप वालन के दुगुना कमीशन चाहीं

पेट्रोल आ डीजल के दाम बढ़ला से जनता भलही परेशान होखो तेल बेचे वाली कंपनी माल काटे का तइयारी में लागल बाड़ी सँ. लगे हाथ पेट्रोलपंप चलावे वाला लोगो चाहत बा कि ओह लोग के कमीशन दुगुना कर दिहल जाव काहे कि मौजूदा कमीशन पर ओह लोग के काम नइखे चलत. अगर तेल कंपनी एह बाति के मान लेत बाड़ी सँ त पेट्रोल डीजल का दाम में दू फीसदी अउरी इजाफा हो जाई.

खेल का दुनिया से

किंग्स आलेवन टीम के बेचे पर बोर्ड रोक लगवलसि. कहलसि कि जबले ललित मोदी के मामिला के फैसला नइखे हो जात तब ले ई सौदा ना कइल जा सके.

भारत के हॉकी टीम पेरिस में फ्रांस का साथ हो रहल दूसरको टेस्ट मैच में फ्रांस के छह शून्य से हरा दिहलसि आ टेस्ट सीरीज में हरावल ना जा सके वाला टीम बन गइल.

काल्हु बरखा का चलते दुसरका दिन के खेल ना होखला का बाद आज श्रीलंका आ भारत के मैच हो रहल बा आ अबले श्रीलंका के सात गो विकेट गिर चुकल बा. अगर कवनो कमाल ना होखे त एह मैच के ड्रा होखही के बा.

0 Comments