टटका खबर, शनिचर, २७ नवम्बर

नीतीश मंत्रीमण्डल के विभाग वितरण
काल्हु देर रात नीतीश कुमार अपना मंत्रियन के विभागन के बँटवारा कर दिहलें. विभाग के जानकारी विस्तार से अलगे पोस्ट में दिहल जा चुकल बा.

शहाबुद्दीन के बेटी मंत्री बनावल गइल
बाबरी एक्शन कमिटी के प्रमुख रहल पूर्व सांसद आ राजनयिक सैयद शहाबुद्दीन के बेटी परवीन अमानुल्लाह के काल्हु मंत्री पद के शपथ दिआवल गइल. उनकर शौहर अफजल अमानुल्लाह सरकार के प्रमुख सचिव आ राज्यपाल के सचिवो का पद पर बाड़न. परवीन अमानुल्लाह साहबपुर कमाल से चुनाव जीतले बाड़ी आ तीस साल का बाद कवनो मुस्लिम महिला के मंत्रीपद मिलल बा. एह मंत्रीमण्डल में परवीन का अलावा दू गो अउरी महिला मंत्री बाड़ी लोग.

अखाड़ा परिषद के अध्यक्ष ज्ञानदास के हटावल गइल
काल्हु कुछ अखाड़ा मिल के अखिल भारतीय अखाड़ा परिषद के अध्यक्ष ज्ञानदास के पद से हटा दिहले आ नया कार्यकारिणी बना लिहलें. ज्ञानदास कहत बाड़न कि ऊ हटिहन ना आ ई बईठक गैरकानूनी रहे जवना में सगरी अखाड़ा शामिल ना रहलें. तेरह गो अखाड़ा में से साते गो के प्रतिनिधि ओह बईठक में रहलें. संत ज्ञानदास हाशिम अंसारी का साथ मिल बईठ के अयोध्या विवाद के हल खोजे में लागल बाड़न.ज्ञानदास के पटरी विहिप आ भाजपा से ना बइठे.

अब्दुल बारी सिद्दीकी बिहार में विपक्ष के नेता हो सकेलें
सुने में आ रहल बा कि राजद के प्रदेश अध्यक्ष अब्दुल बारी सिद्दीकी, जे नीतीश का तूफान से आपन सीट बचा निकललन, के विधानसभा में विपक्ष के नेता बनावल जा सकेला. एकरा खातिर लोजपा के तीनो विधायकन का साथे राजद लोजपा गठबन्हन के बईठका कराके संयुक्त विधायक दल सिद्दीकी के आपन नेता चुन लीहि. अलग अलग पार्टियन के अतना सीट नइखे मिलल कि उनका मुख्य विपक्षी दल के मान्यता मिल सको.

0 Comments