थियेटर कलाकारन के पीड़ा देखावत फिल्म ‘गुलाब थियेटर’
-

भोजपुरी फिल्म ‘‘गुलाब थियेटर’’ के कहानी में सगरी दुनिया के कलाकारन के पीड़ा देखावल गइल बा. एह फिल्म के निर्माण मेंहदी हसन ज़फर कमाल फिल्म्स के बैनर तले कइले बाड़न. लेखक-निर्देशक कमर हाजीपुरी, कैमरामैन त्रिलोकी चौधरी, सह-निर्माता गुफरान अहमद आ बबीता रिपु, संगीतकार सी. बनवीर आ सतीश मुन्ना, गीतकार विरेन्द्र पण्डे आ कमर हाजीपुरी, नृत्य निहाल सिंह, संकलन नकुल प्रसाद, आ एक्शन दर्शन सिंह के बावे. प्रमुख कलाकारन में विनय आनंद, कल्पना शाह, सुमित बाबा, बृजेश त्रिपाठी, विजय खरे, क्षितिज प्रकाश, अर्जुन सिंह, इफ़्तखार अहमद, गुड्डू, इलियास आ आइटम गर्ल सीमा सिंह बाड़ी.

पिछला दिने परवानी स्टूडियो, मुंबई सी.एस.टी. के आस पास आ बसरा स्टूडियो में फिल्म के सीन शूट कइल गइल. एह फिल्म में एहो थियेटर कलाकार रूबी सिंह के कहानी देखावल गइल बा. नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा से शिक्षा लेके आइल रूबी सिंह मजबूरी में गुलाब थियेटर में काम करत बाड़ी आ उनुके नाम दिहल गइल बा गुलाब बाई.

प्यार में हारल, वक्त के मारल रूबी सिंह के थियेटरो में सुकून नइखे मिलत. थियेटर मालिक के धँउस, पुलिसवालन के खराब हरकत, नेतवन के ललचाइल नजर, ज़मीनदारन के जुल्म आ दर्शकन के गंदा फिकरेबाजी छोड़ ओकरा दोसर कुछ नइखे भेंटात. बाद में रूबी का जिनिगी में ड्राइवर कौशल सिंह मसीहा बनके आवत बा आ रूबी के पुरान प्रेमी विकासो आ जात बा, अब रूबी फेरू अपना के जिनिगी का दोराहा पर पावत बाड़ी. आगे का होखत बा इहे फिल्म के दिलचस्प मोड़ रही.


(समरजीत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts