दरिंदगी के हद, जवना के देख देखहु वाला काँप जासु

अइसने कुछ दरिंदगी देखे के मिली “दिल हो गइल कुर्बान” में आ दर्शकन के करेजा काँप जाई देख के. भोजपुरी के जानल मानल खलनायक बिपिन सिंह एह फिलिम में बच्चू यादव के किरदार में बाड़ें. बच्चू के दरिंदगी सगरी सीमा पार कर जात बिया एह फिलिम में. फिलिम के नायक के अतना टार्चर शायदे कवनो फिलिम में देखे के मिलल होखी. बिपिन सिंह के कहना बा कि अइसन सीन आजु ले नइखे फिलिमावल गइल.

एह फिल्म के निर्देशक मिथिलेश अवनीश, निर्माता आर.एस.तिवारी, संगीतकार दामोदर राव आ गीतकार विनय बिहारी, विपिन बिहारी ओझा, अउर राजेश मिश्रा हउवें.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।