दामिनी रेप काण्ड के विरोध में कैंडल मार्च कइली सुप्रेरणा सिंह

SuprernaSingh3भोजपुरी, हिंदी आ दक्खिन भारत के फिलिमन के सफल अभिनेत्री सुप्रेरणा सिंह पिछला दिने कानपुर के राजीव वाटिका, मोती झील में दिल्ली के रेपकाण्ड के विरोध में भइल कैंडल मार्च में शामिल भइली. कैंडल मार्च राजीव वाटिका से अमर जवान चौक तक कइल गइल.

सुप्रेरणा सिंह एह रेप काण्ड के एगो अपराधी के नाबालिग बतावत कम सजा भा मुक्त करे के खिलाफत करत कहली कि जब ई लड़िका अतना बड़हन अपराध कर सकत रहे जवना से एगो बेकसूर के जान चलि गइल त ओकरा के सजा काहे ना दिहल जा सके.

कैंडल मार्च समाज सेवक मोहित शुक्ला के नेतृत्व में भइल.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *