दिल्ली के राह यूपी से बनावल जाई, कहलें अमित शाह

नरेन्द्र मोदी के बहुते करीबी आ उत्तर प्रदेश भाजपा के प्रभारी अमित शाह काल्हु यूपी अइलें जहाँ लखनऊ के अमौसी हवाई अड्डा पर उनकर गरमजोशी से स्वागत भइल. अमित शाह कहलन कि उनुका पूरा भरोसा बा कि अगिला लोकसभा चुनाव का बाद केन्द्र में भाजपा नीत एनडीए के सरकार बनी आ एकर नींव यूपी से रखाई. कार्यकर्ता लोग के अमित शाह के सलाह बा कि हर बूथ पर कमिटी बनावल जाव जवन ओह बूथ पर जीत करावे में लागे. कहलन कि गणेश परिक्रमा कइल छोड़ कार्यकर्ता काम में लागसु. केकरा के उम्मीदवार बनावल जाई एकर चिंता मत करसु काहे कि एकर फैसला नेतृत्व करी आ सबले बढ़िया कार्यकर्ता के टिकट दिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..