दिवाली मनावे में करेंट पटाखा आ आग से कई जने के मौत
-

गोण्डा जिला के इटियाथोक इलाका के पूरमे नोगा गांव में परसों बिजली के झालर लगावत घरी एक आदमी के करंट लगला से मौत हो गइल त दू जने के मौत पटाखा में विस्फोट से हो गइल. तीन अउर लोग बहुते झँउस गइल बा जवना में से दू जने के लखनऊ अस्पताल भेज दीहल गइल बा.
मऊ में पटाखा से आग लगला का चलते ताजोपुर इलाका में दूर संचार परिसर में आग लाग गइल आ लाखों के संपति के नुकसान हो गइल. दू घंटा के मेहनत का बाद दमकल विभाग एह आग पर काबू पवलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts