दुश्मनन के खटिया खाड़ करे में लागल बाड़ें विनय आनंद

भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद अपना फिलिम ‘मंगल फेरा’ में दुश्मनन के खटिया खाड़ करत नजर अइहें. एकर शूटिंग पिछला दिने नेपाल में भइल. अपना बीच हिंदी आ भोजपुरी सिनेमा के अपना चहेता स्टार के पा के विनय आनन्द के नेपाली प्रशंसक बहुते खुश रहलें.

‘मंगल फेरा’ में विनय आनंद के कइल एक से बढ़के एक खतरनाक स्टंट देख के मिली. एह स्टंट के देख के खुद शूटिंग देखे वाला भउँचक रहलें. एह फिलिम में विनय आनंद कमाल के तलवारबाजी कइले बाड़न जवन देखे वाला के रोंआ खड़ा कर दी.

गायत्री राठौड़ निर्मित आ श्रीधर शेट्टी निर्देशित ‘मंगल फेरा’ के कहनीकार दर्शन राठौड़, पटकथा लेखक पियूष शाह आ श्रीधर शेट्टी, संवाद लेखक मोहम्मद रफी खान, संगीतकार राकेश त्रिवेदी आ कैमरा मैन श्रीनिवास आर. हउवें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।