दू गो भोजपुरी फिलिम पेश करीहें सुजीत तिवारी

सिनेमा भोजपुरी के जन्मदाता रहल स्व॰ रामायण तिवारी के पोता आ मशहूर अभिनेता स्व॰ भुषण तिवारी के बेटा सुजीत तिवारी एक बेर फेर से भोजपुरी फिल्म उद्योग में सक्रिय बाड़न. भोजपुरी के सुपरहिट रहल फिल्म ‘‘यु.पी. बिहार बम्बई एक्सप्रेस’’ बनावे वाला सुजीत तिवारी अपना फिल्म निर्माण कम्पनी सी.पी.आई. मुवीज का बैनर तले दू गो भोजपुरी फिलिम प्रस्तुत करे जात बाड़न. पहिला फिलिम हवे मशहुर निर्माता आलोक कुमार के नइकी फिलिम ‘देवरे पे मनवा डोले’, जवना में नया सितारा खेसारी लाल यादव का साथे स्मृति सिन्हा अउर अंजना सिंह के प्रमुख भुमिका बा. दोसरका फिलिम होई निर्माता शम्भु पाण्डे के ‘गुलाम’, जवना में रानी चटर्जी आ बिक्रांत सिंह प्रमुख भूमिका में रहीहें.

एकरा अलवे सी.पी.आई. मूवीज जल्दिये बड़ निमातन आ सितारन के फिलिमो प्रस्तुत करत नजर आई. बकौल सुजीत तिवारी सी.पी.आई. मुवीज भोजपुरी में बढ़िया निर्माता लोगन के वित्तीय सहयोग दिही.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।