देखेवालन का दिल पर राज करे आवत बाड़ी गुंजन पंत

भोजपुरी सिनेमा में जवना नायिका के आजुकाल्ह सबसे बेसी चर्चा हो रहल बा ऊ हई गुंजन पंत. एह साल उनकर कई गो फिलिम आन फ्लोर बाड़ी सन आ ओह सब में उनकर विविध रुप देखे के मिली जवना से ऊ देखेवालन का दिल पर राज जमा लीहें.

गुंजन पंत के अब तक आइल फिलिमन में करनी के फल आज ना त कल, परिवार, कब अइहें सजन परदेसी, बृजवा, चन्दू की चमेली, हमार गाँव हमार देश, हमार मदर इण्डिया, माई व बिटुवा, आ किसना कइलस कमाल शामिल बाड़ी सँ. किसना कइलस कमाल त बाक्स आफिस पर धमाल मचवले बा.

अब राम मिश्रा के मोरा बलमा छैल छबीला आवे वाली बा जवना में गुंजन पंत पश्चिमी सभ्यता का रंगढंग में डूबल एगो माडर्न लड़की के भूमिका में बाड़ी. ओकरा बाद आई मशहूर निर्देशक के॰डी॰ के बलिदान जवना में गुंजन के जोड़ीदार बाड़े कोरियोग्राफर से अभिनेता बनल राजीव दिनकर. गुंजन के एह साल के सबसे बड़ रिलीज होखी निर्माता जितेश दूबे के मार देब गोली केहू ना बोली जवना में गुंजन के नायक बाड़े सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन. एकरा अलावे गुंजन यादव पान भण्डार में मनोज तिवारी का साथ आ नथुनिया पे गोली मारे में पंकज केसरी का साथ आ रहल बाड़ी.

गुंजन के कहेली कि ई उनकर सौभाग्य बा कि मनोज तिवारी जी आ रविजी का साथ काम करे के मौका मिलल आ उम्मीद करत बाड़ी कि निरहुआ आ पवनो सिंह का साथ काम करे के मौका जल्दिये मिली.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।