देवी देवता के हीनई करत वीडियो का खिलाफ छपरा धधकल

पिछला तीन दिन से बिहार के सारण जिला हिन्दू आक्रोश के लहोक झेलत बा. हिन्दू देवी देवता के हीनई करावल एगो वीडियो मकेर के एगो मुसलमान नवही बेंगलुरु से अपना साथियन के मोबाइल पर भेजलसि आ ओकर पसरल शुरु हो गइल. हिन्दूवन का खिलाफ होखे वाला हर हरकत के अनदेखी करे के प्रशासनिक आदत अबकी महँग पड़ गइल आ करीब करीब पूरा छपरा जिला के हिन्दू तमतमा उठल बाड़ें. एह बीच वोट के सौदागर कुछ नेता हिन्दुवने प दबाव बनावे में लागल बाड़ें. सारण से राजद सांसद प्रभुनाथ सिंह त खुलेआम धमकवले बा़ड़न कि अगर विरोध जारी रहल त उनुकर सेना, देश के सेना ना, एह बवालियन के खिलाफ सीधा एक्शन ली.

दुख के बाति बा कि प्रशासन अबहीं ले ओह अनेरिया के नइखे पकड़ले जवना के वीडियो से एह बवाल के शुरुआत भइल. ना ही बिहार के सरकार चलावत राजद भा जदयू का तरफ से अइसन घिनावन काम करे वालन का खिलाफ बकार फूटल बा. उलुटे ई लोग एह पर परेशान लउकत बा कि अबकी हिन्दू अतना हिम्मत कइसे क लीहलें. राजद के सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह के कहना बा कि यूपी चुनाव में फायदा उठावे ला भाजपा अइसन बवाल करावत बिया.

मकेर से भड़कल ई आगि शनिचर का दिने पूरा जिला में पसर गइल आ एह पर काबू करे में प्रशासन के बोखार छूट गइल. हर ब्लॉक पर देवी देवता के हीनई करावत वीडियो का खिलाफ लोग आपन नाराजगी जतावल आ पुलिस के कार्रवाई से बवाल अउरी लहके लागल.

छपरा में भड़कल बवाल क जानकारी लेबे निकलल आईजी के काफिला के शनिचर के सँझिया आमी गेट का सोझा सड़क जाम करत लोग से पार करावे का फेर में पुलिस लाठी चार्ज क दिहलसि जवना से लोग अउर भड़क गइल आ काफिला पर ढेलाबाजी क दिहलें. पुलिस लोग के चहेट चहेट के पीटलसि आ आमी गाँव के लोगन पर गाँव से बाहर निकसे पर रोक लगा दिहलसि.

बवाल के पसरे से रोके खातिर सरकार जिला में इन्टरनेट बन्द करा दिहले बिया बाकिर हिन्दू आक्रोश सुनगल जारी बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।