देश के विरोधी गोल अब गिरोह बना के लड़ीहें

बंगाल में ममता आ तमिलनाडु में स्टालिन के जितवावे के श्रेय लेबे वाला प्रशांत किशोर का इशारा पर नाचे ला तइयार देश के विरोधी गोलन के चुनिंदा लोगन के एगो बइठक आजु मंगल का दिने दिल्ली में बोलावल गइल बा.
एह बइठक के बोलावा भाजपा से निकल के तृणमूलिया बन गइल यशवंत सिन्हा के राष्ट्र मंच का तरफ से भेजल गइल बा. राष्ट्र के मौजूदा हालात पर चरचा का नाम पर बोलावल एह बइठक के अध्यक्षता करीहें शरद पवार. ई जानकारी नबाव मलिक का तरफ से जारी कइल गइल बा. एह बइठक से पहिले आजुवे शरद पवार अपना राकांपा गोल के नेतवनो का साथे बइठक करि के आगे के राह तय करीहें.
विरोधी गोलन के एकजुट करे का जुगत में बोलावल एह बइठक में चारा चोर आ टोंटी चोर के नइखे बोलावल गइल, ना ही जमानत पर चलत पूरा परिवार वाला गोल के. कहल गइल बा कि बोलावा गोल का आधार पर ना दे के ओह लोग के बोलावल गइल बा जे एह काम ला सहजोगी हो सके. फारूक अब्दुल्ला, यशवंत सिन्हा, पवन वर्मा, संजय सिंह, डी राजा, जस्टिस एपी सिंह, जावेद अख्तर, केटीएस तुलसी, करण थापर, आशुतोष, एडवोकेट मजीद मेमन, सांसद वंदना चव्हाण, मुख्य चुनाव आयुक्त रहल एसवाई कुरैशी, केसी सिंह, संजय झा, सुधींद्र कुलकर्णी, कॉलिन गोंसाल्वेस, अर्थशास्त्री अरुण कुमार, घनश्याम तिवारी, आ प्रीतिश नंदी जइसन कुछ नाम एह बइठक में शामिल होखे के उमेद जतावल गइल बा. कांग्रेस के तेइसा ग्रुप के कपिल सिबल. मनीष तिवारी, आ विवेक तलखा के बोलावल गइल बा बाकिर एह लोग के आवे के कवनो उमेद नइखे.
ओने आजुवे कांग्रेस के महासचिवन आ प्रदेश प्रभारियन के बइठको बोलावल गइल बा जवना में विचार होखी कि चुनाव होखे वाला राज्यन के इकाईयन में चल रहल घमासान कइसे खतम करावल जाव. सोनिया गाँधी चाहत बाड़ी कि पंजाब आ राजस्थान में जारी कलह जल्दिए खतम करावल जाव.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।